Menu
blogid : 8647 postid : 296

अबकी होलिया में हो, अबकी होलिया में

साधना के पथ पर
साधना के पथ पर
  • 50 Posts
  • 1407 Comments

आप सभी को होली मुबारक!

अबकी होलिया में हो, अबकी होलिया में,
छोड़ के नईहरवा, चल जा ससुरवा ना.


ससुरा में खोजत होइहें ननद जेठानी,
गाँव के गोरियां जहाँ भरत होइहें पानी;
पानी में रंग डूबल, रंग में जवानी,
जवानी में डूबल इ दुनिया सारी.
अबकी होलिया में हो, अबकी होलिया में,
पूरा कर द, सास-ससुर के अरमानवां
ना.


नइहर में बचपन बितवलू,
माई-बाबु के दुलार तू पवलू,
भैया के तू बहुतें सतवलू ,
अबकी होलिया में हो, अबकी होलिया में,
देखत होइहें रहिया,सास-ससुरवा ना.


सखियन संग नचलू, तू गवलू,
बाग-बगीचा में धूम मचवलू,
सबकरा के दीवाना बनवलू,
अबकी होलिया में हो, अबकी होलिया में ,
सैंया बिछैले होइहें, तोहरे राह में नयनवां ना.


नइहर में राज कईलू बनके तू रानी,
कबतक कटबू इहाँ आपन जवानी ,
सोच ससुरा के होके, कैसे नइहर में बानी.
अबकी होलिया में हो, अबकी होलिया में हो
अलीन देखत होइहें तोहरे सपनवा ना.

(चित्र गूगल इमेज साभार)

Read Comments

    Post a comment

    Leave a Reply