Menu
blogid : 14057 postid : 1143827

फईलल बहरी के पढाई में जहरिया हो / (भोजपुरी गीत ) राजेश कुमार श्रीवास्तव

मेरी आवाज़ सुनो
मेरी आवाज़ सुनो
  • 104 Posts
  • 421 Comments

सईयां नाही भेजब बबुआ के बहरिया हो /
फईलल बहरी के पढाई में जहरिया हो /
गाँवही में पढ़ाके उनके लायक बनाइब /
गाँव-जवार, देश के भगति सिखाइब /
जाइके बहरी बदली उनकर नजरिया हो /
सईयां नाही भेजब बबुआ के बहरिया हो /
फईलल बहरी के पढाई में जहरिया हो /
अपना कृष्णा के “कन्हैया” ना होखे देहब /
नमक हरामी उनका खून में ना आवे देहब /
कही उहो सिख ना लेस देश गद्दारियाँ हो /
सईयां नाही भेजब बबुआ के बहरिया हो /
फईलल बहरी के पढाई में जहरिया हो /
गांधी , सुभाष पटेल के खिस्सा सुनाइब /
टूटल देशवा जोड़े के हम मन्त्र सिखाइब /
भले रह जास अनपढ़ सारी उमिरिया हो /
सईयां नाही भेजब बबुआ के बहरिया हो /
फईलल बहरी के पढाई में जहरिया हो /
2314

Read Comments

    Post a comment

    Leave a Reply